
जय जय शेरावाली माँ,
जय जय जोतावाली माँ,
सातो रे बहिनिया अईली कस के स्नानवा,
बईठली सिंगार करे तस ले परल ध्यानवा....
हां.. सातो रे बहिनिया अईली कस के स्नानवा,
लागल भैरो भईया के फिकिरवा हो फिकिरवा,
अरे नाक के नथुनिया खोजी लाउ रे मलिनिया…..
गिरल बाटे गंगा जी के तीरवा,
नाक के नथुनिया खोजी लाउ रे मलिनिया,
मने मने मईया निराश बाड़ी हो,
बईठल भैरो के पास बाड़ी हो....
के खोजी लाई मोरा सोना के नथियावा,
जोहत सेवकन के आस बाड़ी हो,
मोतिया मोढ़ावल बाटे हिरवा अरे हिरवा,
पुजवा के बेर भईल देर होता जी,
धरे खातिर कलशा कुबेर होता जी,
अरुण बिहारी पवन पूजे खातिर पउवा....
बईठल बईठल गदबेर होता जी,
छोटुवो धरवले माई के धीरवा मन में धीरवा,
हिंदी · Read on Bhajan Baan
Share this bhajan with your family
Send it to your satsang group before kirtan so everyone has the words.

