
सुन्दर स्वपन सजल रहे,
जल ढारे के मन भईल,
सावन में कावर लेके बाबा,
आबे के मन भईल।।
काहे के हमके दुखबा,
दिहला ए भोलेदानी,
चाह के रौउरा शरण मे हम त,
नईखे आवा तानी,
मन के हमार बतिया,
मन मे ही रह गईल,
राउर बा महिमा भारी,
सब जानेला शंभू दानी,
सबके बिगड़ी बनावेला,
तु हमके बनाईदा त जानी,
हमके बनाईदा त जानी,
बा बहुते आस तोहसे,
मन मनही मे खुश भईल,
हिंदी · Read on Bhajan Baan
Share this bhajan with your family
Send it to your satsang group before kirtan so everyone has the words.
