
अइले यशोदा के ललनवा
अइले यशोदा के ललनवा बजनवा बाजे,
बरहो बजनवा बाजे बरहो बजनवा बाजे,
अइले यशोदा...........
ननद जी लूटावे सोना चांदनी अन धनवा हो,
यशोदा के अँचरा मे सारा जान वा हो,
झूमे नाचे धरती असमनवा बजनवा बाजे,
अगले यशोदा.............
सोने के पलनवा रेशम के डोरिया हो,
चँनदवा के ज्योति लागे चँदवा चकोरिया हो,
गह गह करेला अंगना वा बजनवा बाजे,
गइया बछरूया झूमे यमूना के पनीया हो,
बड़ा भाग गोकुला मे धइले चलनीया हो,
बिजय गाबेला हो भजनीया बजनवा बाजे,
हिंदी · Read on Bhajan Baan
Share this bhajan with your family
Send it to your satsang group before kirtan so everyone has the words.

