
छठ करे आई
बड़ी तूल बाटे !
सीट फूल बाटे !
हेलो !
सुनतानी जी ?
का जी सुनाई नईखे देत ..?
हेलो राजाजी प्रणाम करतानी
छठ करे के इंतजाम करतानी
रउवा हाली से टिकट कटा ली
कटा ली !
कईसे के घरे हम आई ऐ सजनिया हो
काहे जी ?
मिलत नईखे रिजर्वेशन
समझ
हमार सिचुएशन
झूठ मत बोली !
हम कुछ नईखी जानत !
राउर अदतिया जानतानी जी
नाटक पसरले रहिना
कईसे ना होई कन्फर्म जी
झूठो भाषण झरले रहिना
प्लीज़ ! आ जाई ना !!
यदि कह त
जनरल बोगी से चल आई
अईसे मत करी !
बाकी देहिया के हमरा दुर्गति होई जाई
कवनो दुसरो उपईया लगा ली
अरे कोशिश त
करी !
आवहि के पड़ी !
अब कईसे होई ..?
रुपिया के करी जनि फेर जी
धली फ्लाइट रजऊ
अखिलेश रितेश दू चार पईसा
भले लागे टाइट रजऊ
बात सब बुझाईल न
जल्दी से आ जाई !
बड़ी हिम्मत जुटा के आवतानी ऐ धनिया
अच्छा जी !
बाकि बुझलु ना आशीष के परेशनिया
कही हमहू सामान सब जुटा ली
आवतानी न
तैयारी हमहू आवतानी धनिया हो
सही में जी ?
जा तानी एयर स्टेशन
अच्छा !
माइंड कूल बाटे
छठी मईया बुझली सिचुएशन
नाही तूल बाटे
अच्छा हमहू सब सामान जुटा ले तानि !
हिंदी · Read on Bhajan Baan
Share this bhajan with your family
Send it to your satsang group before kirtan so everyone has the words.



