
जल्दी जल्दी चलो रे कहारा
जल्दी जल्दी चलु रे कहारा सुरुज डूबे रे नदिया
अरे जल्दी जल्दी चलु रे कहारा सुरुज डूबे रे नदिया
हाली छठी घाटे पहुंचा दे अरघिया के भईल बेरिया
काँचे काँचे बाँसवा के लचके बहँगिया
भरल दउरवा में सेब नवरंगिया
छठी माई सबकर जगाई देली भगिया
तिवई अरघ सब देवे एके संघिया
सब लोग मिलजुल गाई की छठी मईया के गितिया
भूखे रे पियासे रही तीन दिन रतिया
कईली जतनवा से कठिन बरतिया
गईया के गोबरा आ गंगा माई के मटिया
आशु नीलकमल गढ़ले छठी माई के घटिया
बदरी में जईहे लुकाई हो जाई तनिको जे देरिया
हिंदी · Read on Bhajan Baan
Share this bhajan with your family
Send it to your satsang group before kirtan so everyone has the words.

