
छठी मैया सुनली गोहार
बबुआ जे रहिते त
माई माई कहिते
जय छठी माँ ! जय छठी माँ !
हां.. बबुआ जे रहिते त
इहे एगो आसरा ना पुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो
जय छठी मईया !
के लेके जाई हो माथ प
दउरवा
के ई करी पियरी ओहार
बिलखी बिलखी रोवे घाटे बँझिनिया
छठी मईया सुन ली गोहार
घाटे कोशी भरती आदित्य नाम धरती
लागल असरवा के तुरल हो
सुन ली पुकार मईया !
भर दी गोदिया हमार मईया !!
सभे बरत करता कोशिया के भरता
देखी नैना ढारे हमार लोर
हंसी हंसी दुनिया हो कहता बझिनिया हो
सुनी मन पवन होला थोर
अरुण बिहारी अरज करे दुवारी
अरजी ना तोहरा माँ जुरल हो
हिंदी · Read on Bhajan Baan
Share this bhajan with your family
Send it to your satsang group before kirtan so everyone has the words.

