
स्टारों का छठ
बोली ऐ बलम जी छठ के का बा तईयारी
घाटी प
धमाका कईसे होई अबकी बारी
ऐ जी !
बोली ना !!
होई अबकी बारी !
माथे दउरा लेके बोली असो के जईहे
अरे पूरा इंडस्ट्री आई हो !
कईसे ?
मथवा प
दउरा लेके पवन भईया जईहे
अच्छा !
कन्हिया प
उखिया खेसारी जी ले अईहे
साचो ?
खेसारी जी ले अईहे ! खेसारी जी ले अईहे !
आरा आ छपरा के घाट जगमगईहे
जी घाट जगमगईहे
अरे बहुत अच्छा लागी जी !!
के लाई केरवा के घवध के लाई नाशपतिया
के लेयाई डीजे झालर के सजाई घटिया
रवि किशन जी केरवा लेअईहे
निरहू जी घटिया सजईहे
आ ई बताई !
छठी माई के अरघिया के दिवईहे
अरे हमार बाबू जी खुदे पंडी जी हवे हो !
गईया के दूध लेके यश मिश्रा जी अईहे
चुनमुन बाबा अरघिया दिवईहे
अरघिया दिवईहे ! अरघिया दिवईहे !
जौनपुर आ गाजीपुर के घाट जगमगईहे
के लाई कलसूप दियरी के कोशिया भरवाई हो
छठी माई के भाखल भारा बोली के उतरवाई हो
मनोज तिवारी जी कलसूप ले अईहे
अखिलेश जी कोशी भरवईहे
आ ऐ कश्यप जी !
छठी मईया के गीत बोली के गईहे
बगल में छोरा आ गांव भर ढिढोरा !
श्याम आकाश आपन डीजे बजईहे
होई गर्दा नु ?
कल्लू आ आन्तरा जी गितिया सुनईहे
ऐ जी खूबे नचईहे !
जिय
ऐ जी गर्दा उड़ईहे !
ऐ हे ..!
बक्सर अहिरौली के घाट जगमगईहे
हां हां ..! त
बड़ा निक लागी जी !!
हिंदी · Read on Bhajan Baan
Share this bhajan with your family
Send it to your satsang group before kirtan so everyone has the words.


