
आदित मनाईला AADIT MANAILA LYRICS – Anuradha Paudwal
(*आदित मनाईला
भोरवे में नदिया नहाईला आदित मनाईला हो
बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो
अस धरवाईब सईया अन्हरिया से बोझिल हो
बाबा अँगने में मांगीला अंजोर ई मथवा नवाईला हो
गजमोती चउका पुराईला अंचरा बिछाईला हो
बाबा अँगने में फूलवा त
लागेला फलवा न खाईला हो
ताना देके कहेले गोतीनिया ई बाँझ बा बहिनिया नु हो
बाबा सुनी सुनी बोलिया गोतीनिया मो लोरवा बहाईला हो
चुप रहु धीर करूँ दुखिया ना सुन रही कोखिया नु हो
बस आजु के नव ये महिनावा होरिला मुस्काईला हो
हो दीनानाथ
केलवा के पात पर
काँच ही बांस के बहंगीया
मारबो रे सुगवा
पहिले पहिले हम कईनी
उगह हे सूरज देव
हिंदी · Read on Bhajan Baan
Share this bhajan with your family
Send it to your satsang group before kirtan so everyone has the words.




