
छठ घाटे चली Chhath Ghate Chali
करा तानी पहिला बरतिया
छठी माई के करब बरतिया
सवा लाख के साडी भीजे
ऊगी सुरुज देव दीहीं दर्शनवा
छठी मैया आई न दुआरिया
नदिया के तीरे-तीरे
हो दीनानाथ
काँच ही बांस के बहंगीया
केलवा के पात पर
पहिले पहिल
आदित मनाईल
उगह हे सूरज देव
जय छठी मैया
जोड़े जोड़े फलवा सुरुज देव
बेरिया के बेरी तोहे
बोली बोली छठी मईया की
ऐ जी
का हो
हर बार तो हमनी के छठ गा बजा के ऐ तरीका से करबे करेनी जा
हाँ
तो कहे ना अबकी बारी कुछ नया तरीका से गा के छठ मनावल जाव
पूजो के नया तरीका होला का
हाँ जी
कुछ गाई ना
हाँ तो पहिले तुही शुरू कर
हाँ तो सुनी
पेन्हि ना बलम जी पियरिया
चली छपरा के घाट
बहँगी लेके चलब घाट
का जी
पुरनके नियन गावे लगनी
तनी डीजे में गाई
डीजे में
कईसे
तुही शुरू कर
हईसे
ऐ जी पेन्हि ना बलम जी पियरिया
ऐ अम्मा जी
तनी रउरो नाची
बाट जे पूछेला बटोहिया
ई दल केकरा के जाये
तू ता आन्हर हउवे रे बटोहिया
तू ता आन्हर होईबे रे बटोहिया
ई दल छठी माई के जाये
बहँगी लचकत जाये
करी ना सासु अम्मा जी तईयरीया
अरघ के बेरा बीतल जाये
पेन्हि ना ऋषभ के पापा पियरिया
दउरा घाटे पहुचाये
मम्मी हमू चली छठी घाटे पड़ाका छोड़े
अरे तू का करे जईब
पड़ाका फोर के हमार साड़ी जरईबों
मारब एक थाप
छठी घाटे करबे डरामा
ओहिजा हो जाई बवाल
जा रहे है पापा से बोलने
मम्मी मारने की धमकी दे रही है
पापा ..
साफ आतंकवादिये हउ का
काहे लईकवा के डेरववले बाड़ू आई
अरे ना जी
बबुआ पर चटकन जन चलईह
दिहल हाँ छठी माई के लाल
अच्छा ठीक बा ना मारब
ई तो हमरो पता बा जी
कृपा बनईह छठी मईया
खुश रहो नईहर ससुराल
खुश रहो अंगना दुवार
खेसारी बपा बनवले रइह प्यार
हे छठी मईया
तनी कश्यपो जी पर ध्यान देत रईह
विवाद से बचईह
हिंदी · Read on Bhajan Baan
Share this bhajan with your family
Send it to your satsang group before kirtan so everyone has the words.
