
स्टारों का छठ Staro Ka Chhat Lyrics – Arvind Akela Kallu
बोली ऐ बलम जी छठ के का बा तईयारी
घाटी पर धमाका कईसे होई अबकी बारी
ऐ जी
बोली ना
होई अबकी बारी
माथे दउरा लेके बोली असो के जईहे
अरे पूरा इंडस्ट्री आई हो
कैसे
मथवा पदउरा लेके पवन भईया जईहे
अच्छा
कन्हिया पउखिया खेसारी जी ले अईहे
साचो
खेसारी जी ले अईहे खेसारी जी ले अईहे
आरा आ छपरा के घाट जगमगईहे
जी घाट जगमगईहे
अरे बहुत अच्छा लागी जी
के लाई केरवा के घवध के लाई नाशपतिया
के लेयाई डीजे झालर के सजाई घटिया
रवि किशन जी केरवा लेअई हैं
निरहू जी घटिया सजईहे
आ ई बताई
छठी माई के अरघिया के दिवईहे
अरे हमार बाबू जी खुदे पंडी जी हवे हो
गईया के दूध लेके यश मिश्रा जी अईहे
चुनमुन बाबा अरघिया दिवईहे
अरघिया दिवईहे अरघिया दिवईहे
जौनपुर आ गाजीपुर के घाट जगमगईहे
के लाई कलसूप दियरी के कोशिया भरवाई हो
छठी माई के भाखल भारा बोली के उतरवाई हो
मनोज तिवारी जी कलसूप ले अईहे
अखिलेश जी कोशी भरवईहे
आ ऐ कश्यप जी
छठी मईया के गीत बोली के गईहे
बगल में छोरा आ गांव भर ढिढोरा
श्याम आकाश आपन डीजे बजईहे
ह त होई गर्दा नु
कल्लू आ आन्तरा जी गितिया सुनईहे
ऐ जी खूबे नचईहे
जिय
ऐ जी गर्दा उड़ईहे
ऐ हे ..
बक्सर अहिरौली के घाट जगमगईहे
हां हां .. तब बड़ा निक लागी जी
करा तानी पहिला बरतिया
छठी माई के करब बरतिया
सवा लाख के साडी भीजे
ऊगी सुरुज देव दीहीं दर्शनवा
छठी मैया आई न दुआरिया
नदिया के तीरे-तीरे
हो दीनानाथ
काँच ही बांस के बहंगीया
केलवा के पात पर
पहिले पहिल
आदित मनाईल
उगह हे सूरज देव
जय छठी मैया
जोड़े जोड़े फलवा सुरुज देव
हिंदी · Read on Bhajan Baan
Share this bhajan with your family
Send it to your satsang group before kirtan so everyone has the words.

